BlogVEG RECIPES

आलू बैगन की सब्जी

आवश्यक समान

  • बैंगन 500 ग्राम
  • आलू 250 ग्राम
  • टमाटर दो
  • लहसुन छ से सात
  • सरसों तेल एक बड़ा चम्मच
  • मेथी दाना एक छोटा चम्मच
  • सुखा मर्चाई 4 से 5
  • नमक स्वादानुसार

बैंगन और आलू को अच्छी तरीके से काट लेहल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से धो लेवल जाई और टमाटर के भी बारीक पीस में काट लेवल जाई लहसुन के भी बारीक पीस में काट लेवल जाई।।

अब गैस जला के ओखरा में एक कूकर रखल जाई जब कूकर गर्म हो जाए तब ओखरा में एक चम्मच तेल डालल जाई और ओकरा में मेथी लहसुन मिर्च डालके थोड़ा सा भुजल जाई फिर ओकरा में बैगन और आलू डाल देवल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से भूजल जाई जब भूजा जाई तब ओकरा में नमक स्वादानुसार डाल दे वल जाई और ओकरा में टमाटर भी बारीक कटा के डाल देहल जाई और सबके अच्छी तरीके से भूजल जाई ।

जब सब अच्छी तरीके से भूजा जाई तब ओकरा में एक गिलास पानी डालल जाई और ढक्कन बंद कर देहल जाई और ओकरा में दो सिटी लगावल जाई और ओकरा बाद गैस बंद कर देहल जाई ।

जब कूकर ठंडा हो जाए तब ओखरा के ढक्कन खोल के देखल जाई और ओकरा के कलछुल से अच्छा तरीका से मिलावल जाई।।

अब हमार बहुत ही टेस्टी बैगन और आलू के सब्जी कम मसाला में बन के तैयार हो गईल ऐकरा के रोटी चावल केकरो साथ गरमागरम परोसें ई बहुत ही टेस्टी लागेला। स्पेंसर चावल के साथ बहुते अच्छा लगे ला।।

सुझाव

जब कभी बैगन आलू के सब्जी बनाई तब एक बात के जरूर ध्यान रखें कि तेल में लहसुन और मिर्च मेथी चलेना नात सब्जी के टेस्ट बिल्कुल खराब हो जाई त ई बात के जरूर ध्यान देंवे के बा।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *