BlogQUICK RECIPES

ढाबा स्टाइल आलू पटल की सब्जी

आवश्यक समान 

  • पटल 250 ग्राम
  • आलू 500 ग्राम
  • प्याज 2 बड़ा साइज के
  • लहसुन 5  से 6
  • टमाटर दो मीडियम साइज
  • जीरा एक चम्मच
  • तेजपत्ता एक 
  • मरीच आधा चम्मच
  • धनिया एक चम्मच
  • छोटी इलायची दो
  • बड़ी इलायची एक
  • दालचीनी का टुकड़ा एक
  • मर्चाई चार 
  • सरसों तेल 2 बड़ा चम्मच
  • नमक स्वादानुसार
  • काश्मीर मिर्च पाउडर एक छोटी चम्मच
  • गरम मसाला एक चम्मच

बनावे के विधि 

आलू प्याज और पटल को अच्छी तरह से धोकर ओखरा के काट लेंवल जाई। टमाटर के भी काट लेवल जाई।।

गैस जला के ओखरा पर एक कराई रखल जाई जब कराई गरम हो जाए तब ओखरा में एक चम्मच तेल डाल देवल जाई और ओकरा में पटल के डाल के अच्छी तरीके से भुजलेवल जाई। और ओकरा के निकाल लेहल जाई और फिर ओकरा में आलू के भी भुजलेवल जाई फिर ओकरा के निकाल लेहल जाई  फिर उहे कराई में थोड़ा सा तेल डाल देवल जाई और ओकरा में जीरा और सब खड़ा मसाला डालकर ओखरा में काटल प्याज के डाल के रंग बदले तक भुजल जाई और ओकरा में सब मसाला डालकर अच्छी तरह से भुजलेवल जाई  मसाला भुजे समय गैस कम कर के भुजल जाई ना त मसाला जल जाई।

ओकरा बाद एक गिलास पानी डालल जाई और ढक्कन ढक के 5 से 10 मिनट पकावल जाई ओखरा बाद गैस बंद कर देहल जाई और ओकरा के पांच मिनट रहे देवल जाई और अब आलू और पटल की सब्जी बन के तैयार हो गईल ऐकरा के रोटी चावल केकरो साथ गरमागरम परोसें बहुत ही टेस्टी लागी।।

सुझाव

जब भी कोई सब्जी बनाई एक बात के ध्यान रखें कि मसाला डालें से पहले गैस के कम कर के डाले के चाही और ओकरा के अच्छी तरीके से भुजे के चाही तबे जाके सब्जी अच्छा बनी।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *