BlogNON VEG RECIPES

ढाबा स्टाइल चिकन करी

आवश्यक समान

  • चिकेन एक केजी
  • प्याज 500 ग्राम
  • लहसुन दो पोट
  • अदरख एक टुकड़ा
  • सरसों तेल दो बड़ा चम्मच
  • जीरा एक चम्मच
  • मरीच आधा चम्मच
  • एक चम्मच धनिया
  • चार सुखा मिर्च

सभी मसाले का एक पेस्ट बना लेवेके बा।।और प्याज के बारीक काट लें वेके बा।

छौक लगावे खातिर

  • जीरा एक चम्मच
  • लौंग चार पीस
  • इलायची एक पीस
  • दालचीनी एक टुकड़ा
  • बडी इलायची एक
  • तेजपत्ता एक
  • दालचीनी एक टुकड़ा

बनावे के तरीका

पहले चिकेन के अच्छी तरीके से धो दिहल जाई ओखरा बाद ओखरा में हल्दी पाउडर और कश्मीरी लाल मिर्च डालकर मिलाव जाई और थोड़ी देर छोड देहल जाई।

अब गैस जला के ओखरा पर एक कूकर रखल जाई जब कूकर अच्छी तरीके से गरम हो जाए तब ओखरा में तेल डाल देवल जाई और जब तेल अच्छी तरीके से गर्म हो जाई तब ओकरा में एक चम्मच जीरा और लौंग इलायची दालचीनी तेजपत्तासब कुछ डाल के ओखरा के थोड़ा सा भुजल जाई फिर ओकरा में प्याज डालकर सुनहरा होखे तक भुजल जाई।।

फिर ओकरा में चिकेन डाल के अच्छी तरीके से भुजलेवल जाई जब चिकेन अच्छी तरीके से भूजा जाई तब ओकरा मे मसाला के डाल देवल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से भूजल जाई जब मसाला भुजा जाई तब ओकरा में एक गिलास पानी डालल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से मिलाकर ढक्कन लगाकर दोसिटी लगावल जाई ओखरा बाद ओखरा के अच्छी तरीके से ठंडा होखे देहल जाई ।

जब कूकर ठंडा हो जाए तब ओखरा के खोलके अच्छी तरीके से मिला के गरमागरम सर्व करल जाई।त ई हमार चिकन करी बन के उ हो गईल।।

सुझाव

जब भी चिकेन बनाई तब ओकरा के अच्छी तरीके से साफ कर लें वेके चाहीऔर ओखरा में पहले हल्दी पाउडर और कश्मीरी लाल मिर्च पाउडर डालकर मिलाव के चाहीऔर ओखरा के अच्छी तरीके से भूजे के चाही तब ही जाके चिकेन करी अच्छी बनी।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *