BlogPUPULAR RECIPES

देसी स्टाइल में आलू और प्याज के पकोड़े

आवश्यक समान

  • प्याज दो बड़ा साइज का
  • हरी मिर्च दो
  • लहसुन अदरक एक चम्मच पीसल 
  • तेल तले के
  • दो बड़ा साइज के आलू
  • धनिया के पत्ता एक चम्मच
  • बेसन एक कटोरी
  • चावल का आटा आधा कटोरी
  • हल्दी पाउडर एक चम्मच
  • नमक स्वादानुसार
  • अजवाइन एक चम्मच
  • जीरा एक चम्मच 

बनावे के तरीका

प्याज लम्बा टुकड़ा में काट लेवे के बा फिर आलू के छिलके ओखरा के एक चिप्स काटे वाला पर पतला पतला काट लेंवल जाई। और हरी मिर्च अदरक लहसुन को भी काट लेवल जाई और ओकरा के पिस लेवल जाई

अब एक बड़ा सा बर्तन लेवल जाई और ओकरा में प्याज और लहसुन हरी मिर्च अदरक के पेस्ट डालकर और आलू के भी डालके ओकरा में एक चम्मच जीरा एक चम्मच अजवाइन एक चम्मच हल्दी पाउडर स्वादानुसार नमक और एक चम्मच गरम तेल डाल के अच्छी तरीके से मिलावल जाई।

गैस जला कर ओकरा पर एक कराई रखल जाई जब कराई गरम हो जाए तब ओखरा में तले भर तेल डाल देवल जाई और जब तेल गरम हो जाए तब ओकरा में जो प्याज वाला मिला के रख बा एक बार ओकरा के अच्छी तरीके से मिलाके अब गरम तेल में छोटा छोटा पीस लें के डालल जाई और ओकरा के दोनों तरफ से अच्छी तरीके से कलर चेंज होखे तक छानल जाई।

और इसी तरीका से सब पकौड़े के तल लेहल जाई त इ हमार गरमागरम प्याज और आलू के पकौड़ी बन के तैयार हो गईल ऐकरा के गरमागरम चाय के साथ खाईं ई बहुत ही टेस्टी नाश्ता बन के तैयार हो गईल।।

सुझाव

जब कभी पकौड़े बनाई त एक बात के जरूर ध्यान देंवे के चाही की कभी भी आंच तेज ना होखे ना त पकौड़ी जल जाई और ओकर सवाद बिल्कुल खराब हो जाई इ बात के जरूर ध्यान रखें।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में एकरा के ज्यादा से ज्यादा शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *