BlogPUPULAR RECIPES

देसी स्टाइल में पास्ता बनाएं

आवश्यक समान

  • पास्ता एक कटोरी
  • लहसुन 5 से 6 कलियां
  • तेल एक चम्मच
  • टमाटर दो मीडियम साइज के
  • चीज दो पीस
  • हरी मिर्च 2से 3
  • मर्चाई की गुडी एक चम्मच
  • सौस एक बड़ा चम्मच
  • हरी सौस एक छोटा चम्मच
  • काश्मीर मिर्च आधा चम्मच
  • हल्दी एक चम्मच
  • काली मिर्च आधा चम्मच
  • प्याज एक बड़ा सा

बनावे के विधी

एक कटोरी में एक गिलास पानी डालल जाई और ओकरा के गैस जला कर ओकरा पर लखल जाई जब पानी उबले लागी तब ओकरा में पास्ता डालल जाई और ओकरा में एक छोटा चम्मच तेल डालल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से खौलाव जाई जब पास्ता आधा पक जाई तब ओकरा के निकाल लेहल जाई और एक बर्तन में ठंडा पानी में निकाल लेंवल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से धोलेहल जाई ।

टमाटर के बारीक पीस लेवल जाई।।

गैस जला के ओकरा पर एक कराई रखल जाई जब कराई गरम हो जाए तब ओकरा में एक चम्मच तेल डाल देवल जाई और जब तेल गरम हो जाए तब ओकरा में प्याज लहसुन हरी मिर्च डालकर अच्छी तरीके से भूजल जाई 

जब प्याज और हरी मिर्च और लहसुन भूजा जाई तब ओकरा में टमाटर पीसल डाल के भूजल जाई जब टमाटर भूजा जाई तब ओकरा में पास्ता डालल जाई और ओकरा में एक चम्मच सौस और कुटल लाल मिर्च एक चम्मच काश्मीर मिर्च हल्दी एक चम्मच काली मिर्च आधा चम्मच डाल के अच्छी तरीके से भुजलेवल जाई। जब सब अच्छी तरीके से भूजा जाई तब ओकरा में चीज़ डाल के दो मिनट ढकके पकावल जाई।।  

अब हमार बहुत ही टेस्टी पास्ता बन के तैयार हो गईल बा त ऐकरा के गरमागरम परोसें और खा के सताई की ई कइस बनल बा।।

सुझाव

जब भी कभी पास्ता बनाई त ओकरा के उबाके समय ओखरा में एक चम्मच तेल डाल के उबाल लें। ऐ तरीका से पास्ता चिप चिप ना बनी।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *