BlogNON VEG RECIPES

प्रेशर कुकर में बिहारी स्टाइल में मटन मसाला बनाएं

  • मटन एक   1 kg
  •  प्याज 500 ग्राम
  • लहसुन आठ  दस कलियां
  • एक चम्मच जीरा
  • एक  बड़ा चम्मच धनिया
  • एक चम्मच मरीच
  • मर्चाई 4 से 5
  • सरसों तेल एक बड़ा चम्मच
  • नमक स्वादानुसार
  • छोटी इलायची दो
  • अदरख एक टुकड़ा

छौक लगावे खातिर

  • चार तेजपत्ता
  • दो बडी इलायची
  • एक चम्मच जीरा
  • एक बड़ा दालचीनी का टुकड़ा
  • आधा चम्मच काली मिर्च
  • दो सुखा मिर्च
  • दो छोटी इलायची

बनाए का तरीका

पहले एक मिक्सर जार में सभी मसाला को अच्छी तरह से पिस लेवल जाई फिर ओकरा बाद प्याज के बारीक पीस में काट लेवल जाई। अब गैस जला के ओखरा पर एक कुकर रखल जाई जब कुकर अच्छी तरह से गरम हो जाई तब ओकरा में बड़ा चम्मच सरसों के तेल डाल जाई ।

जब तेल अच्छा गरम हो जाए तब ओ कर मे सब खड़ा मसाला डाल देहल जाई और ओकरा बाद प्याज डाल देवल जाई और ओकरा के अच्छी तरह से सुनहरा होखे तक भुजल जाई जब प्याज के कलर चेंज हो जाए तब ओखरा में मटन के डाल के 5 मिनट तक भुजल जाई।

ओकरा बाद मसाला डालके ओकरा के अच्छी तरीके से भूजल जाई और ओकरा में दुगो खड़ा लहसुन डालकर अच्छी तरीका से भुजलेवल जाई ओखरा बाद एक लिटर पानी डालल जाई और एक चम्मच गरम मसाला पाउडर डालकर अच्छी तरीके से मिलाके और एक चम्मच शुद्ध घी डालके ओकरा के अच्छी तरीके से मिलाके ढकन बंद करके एक सीटी तेज लगवल जाई और ओकरा बाद पांच मिनट कम कर के पकावल जाई जब पांच मिनट हो जाए तब गैस बंद करके ओखरा के ठंडा होखे देहल जाई।।

जब प्रेशर कुकर अच्छी तरह से ठंडा हो जाई तब ओकरा के खोलल जाई और ओकरा में हरा धनिया काट के डालल जाई अब बिहारी स्टाइल में मटन करी बन के तैयार हो गईल बा त ऐकरा के चावल रोटी दोनो के साथ गरमागरम सर्व करल जाई।।

सुझाव

जब भी मटन करी बनाई तब एक बात के ध्यान रखें के बा कि प्याज और मसाला अच्छी तरीके से भुजेके बा ना त अगर मसाला कराही में सट जाई त बिल्कुल खराब स्वाद हो जाई ऐसे मामलों के अच्छी तरीके से भुजेके बा तबही जाके मटन अच्छा बनी।।

अगर यह हमार  मटन के बनाए के तरीका अच्छा लगल त हमार यह ब्लॉक के ज्यादा से ज्यादा अपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *