BlogVEG RECIPES

मशरूम मसाला करी

अगर आप रोज की सब्जियों से ऊब गईल बानी त आज हम बनावे जा रहल बानी मशरुम मसाला करी।एकरा के हम बिल्कुल रेस्टोरेंट स्टाइल में बनाईब। और ऐकर स्वाद आप सब के बहुत ही पसंद आई। त आप सब भी आसान विधि के साथ मशरूम मसाला करी बनाई और ओकर आनंद ली।।

मशरूम मसाला करी आवश्यक सामान

  • मशरूम 200 ग्राम
  • तेल 2 से 3 बड़ा चम्मच
  • जीरा एक चम्मच
  • हल्दी पाउडर एक चम्मच
  • धनिया पाउडर एक चम्मच
  • कसूरी मेथी एक चम्मच
  • टमाटर दो
  • हरी मिर्च एक
  • अदरख एक टुकड़ा
  • कश्मीरी मिर्च आधा चम्मच
  • काजू 10 पीस
  • नमक स्वादानुसार
  • मलाईआधा कप
  • धनिया के पता दो चम्मच

मशरूम मसाला करी बनावे की विधि

सभी मशरूम के अच्छा तरीका से धो लेवल जाई और ओकरा के छोटा छोटा पीस में काटल जाई
अब गैस जला के ओखरा में कराई रखल जाई ओकरा में दो बड़ा चम्मच सरसों तेल डालल जाई जब तेल अच्छी तरीके से गर्म हो जाए तब

ओखरा में दो तेजपत्ता एक टुकड़ा दालचीनी एक चम्मच जीरा और लौंग इलायची और एक चम्मच हल्दी पाउडर एक चम्मच कश्मीरी मिर्च और सभी मसाले के डाल देवल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से भूजल जाई

ओकरा में टमाटर हरी मिर्च अदरक काजू के पेस्ट डालकर कम आंच पर तेल छोडे तक भुजल जाई ओकरा बाद एक कप मलाई डाल के मिलावल जाई फिर मसाला के अच्छी तरीके से तेल छोडे तक भुजल जाई

फिर ओकरा में काटल मशरूम स्वादानुसार नमक और थोड़ा सा हरा धनिया डाल देवल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से मिलाव जाई और ओकरा के दो मिनट पकावल जाई और ओकरा में एक गिलास पानी डालल जाई और ढंक के तीन से चार मिनट पकावल जाई।।

जब सब्जी अच्छी तरीके से पक जाई तब ओखरा में एक चम्मच गरम मसाला डालके अच्छी तरीके से मिला के दो मिनट ठंडा होखे देहल जाई जब अब मशरूम मसाला करी बन के तैयार हो गईल त ऐकरा के रोटी चावल या नान पराठे के साथ गरमागरम परोसी और ऐकर आनंद ली

सुझाव

मसाला के अपने पसद के अनुसार गढा या पतला रख सकत बानी। और मसाला के अच्छी तरीके से कम आंच में भुजला से मसाला और सब्जी अच्छा बनी ई सब बात के ध्यान रखें के पडी तब जा के सब्जी अच्छा बनी।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *