BlogQUICK RECIPES

समोसा की रेसिपी

आवश्यक सामन

  • मैदा 500 ग्राम उबालल
  • रिफाइंड500 ग्राम
  • आलू  ढाई सौ ग्राम
  • मसाले के लिए समान
  • हरी मिर्च चार
  • अदरक 1 इंच
  • नमक स्वादानुसार
  • तेल एक चम्मच दो चम्मच 
  • हल्दी एक चम्मच
  • अजवाइन एक चम्मच 
  • जीरा एक चम्मच
  • आधा चम्मच लाल मिर्च
  • एक चम्मच धनिया
  • आधा चम्मच गरम मसाला
  • एक चम्मच सौंफ 
  • दो चम्मच बारीक काटल धनिया के पता

बनाए के तरीका

एक बड़ा सा बर्तन या परात लेंवल जाई और ओकरा में मैदा डालल जाई और ओकरा में एक चम्मच अजवाइन और स्वादानुसार नमक डाल के अच्छी तरीके से मिला देवल जाई फिर ओकरा में  चार चम्मच धी  डालल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से मिलावल जाई और ओकरा के हाथ से बांध के देखल जाई जब मुठी में बंधा जाए तब समझी की मोआम ठीक बा  और ओकरा के थोड़ा सा कड़ा आटा लगावें के बा। और ओकरा के 10 से 15 मिनट ढक कर रखें के बा।।

अब समोसा में भरे खातिर मसाला तैयार कर जाई एक कराई रखल जाई ओखरा में दो चम्मच सरसों के तेल डाला जाए और जब तेल गरम हो जाए एक चम्मच जीरा और हरी मिर्च और अदरक का पेस्ट डालल जाई और ओकरा के 1 मिनट भूनल जाई।

अब लाल मिर्च पाउडर धनिया पाउडर गरम मसाला पाउडर और सॉफ के पाउडर डालाल जाए ।ओकरो के एक मिनट भूनल जाई अब  ओकरा में उबालल आलू के मैश कर के और ओकरा में नमक स्वादानुसार डालकर अच्छी तरह से मिलावल जाई।। और ओकरा में हरा धनिया डालल जाई और ओकरा के एक कटोरी में निकाल लेंवल जाई।।

अब आटा के खोल के ओखरा के अच्छी तरीके से गूंथल जाई और ओकरा के चार भाग में काट लेंवल जाई और छोटे छोटे गोल गोल काट लेवल जाई। और चकले पर रख के बेलन से बेल लेहल जाई। एक बड़ा सा रोटी बनावल जाई और बीच में चाकू से काट लेंगे अब काटल भाग के  किनारे में  पानी लगाकर तीन कोना मोडल जाई और मसाला भरल जाई ‌। और पानी लगा के अच्छी तरीके से  बंद कर देहल जाई।

अब गैस जला के ओकरा पर एक कराई रखल जाई और ओकरा में तेल डालल जाई तलेके के और जब तेल गरम हो जाए तब ओकरा में समोसे  के डालल  जाई और आंच के कम करके एकदम सुनहरा होने तक तल लेहल जाई और ऐसही सब समोसा के तल लेहल जाई

अब ई गरमा गरम समोसा बन के तैयार हो गईल ऐकरा के धनिया के चटनी या सौस के साथ गरमागरम परोसें ई बहुत अच्छा लगेला।।

सुझाव

जब भी समोसा बनाई त एक बात के जरूर ध्यान रखें कि तले समय आंच मिडिया होखे के चाही और समोसा के अच्छी तरीके से पैक करी ई दुगो बात के जरूर से जरूर याद रखी तब जाके समोसा बहुत ही टेस्टी और अच्छा बनी।।

अगर यह हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *