BlogNON VEG RECIPES

सरसों वाली मसालेदार मछली बनाने का आसान तरीका

आवश्यक समान 

  • मछली एक किलो
  • तेल 250 ग्राम
  • सरसों 100 ग्राम
  • लहसुन 7 से 8
  • एक चम्मच जीरा
  • एक चम्मच धनिया
  • एक चम्मच मरीच
  • दो टमाटर
  • मर्चाई  4 से 5
  • हल्दी पाउडर एक चम्मच
  • नमक स्वादानुसार

बनाने का तरीका

सबसे पहले सभी मसाले को मिक्सर जार में डालके पीस लेवल जाई।  ओकरा बाद मछली के अच्छी तरीके से धो लेवल जाई ओखरा बाद ओखरा में हल्दी और नमक डाल के अच्छी तरीके से मिलावल जाई और टमाटर के बारीक काट लेवल जाई।।

ओकरा बाद गैस बार के ओकरा पर एक कराई रखल जाई जब कराई गरम हो जाए तब ओखरा में तेल डाल देवल जाई जब तेल गरम हो जाए तब ओखरा में मछली के अच्छी तरीके से थोड़ा थोड़ा करके भुजलेवल जाई इसी तरह सब मछली के भुज लेहल जाई जब सब मछली भुजा जाई तब ओकरा में  मसाला डाल देहल जाई और ओकरा में टमाटर के भी डालके के अच्छी तरीके से भुजलेवल जाई जब मसाला भुजा जाई तब ओकरा में एक गिलास पानी डालल जाई और ओकरा के ढक्कन से ढक दइहल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से दस मिनट खौलाव जाई।। 

जब मसाला अच्छी तरीके से खौल जाई तब ओकरा में मछली जो भुज के रखल बा ओकरा के ओखरा में डाल के और दो मिनट खौलाव जाई जब सब अच्छी तरीके से खौल जाई तब  गैस बंद कर देहल जाई और ओकरा के अच्छी तरीके से ठंडा  होखे देहल जाई जब मछली अच्छी तरीके से ठंडा हो जाए तब ओखरा के गरम गरम एक प्लेट में निकाल के गरमा गरम चावल और रोटी के साथ परोस जाई।सज में दोस्तों ई गरमागरम बहुत ते ही आसान लगएला त एक बार ऐकरा के जरूर से बनाईम।।

सुझाव

जब भी मछली के भुजल जाई त तेल के अच्छी तरीके से गर्म होखेके चाही ना त मछली तेल ही तेल हो जाई और मसाला के अच्छी तरीके से भुजेके चाहि ना त मछली अच्छी ना बनी ई बात के ध्यान में रखके बनाईबत मछली बहुत ही टेस्टी बनी।।

अगर हमार ब्लॉक आपके अच्छा लगे तो आपन दोस्तों में शेयर करी।।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *